भारतीय योग भाषा उत्सव
14.05.2026
भारतीय योग भाषा उत्सव आयल,
ज्ञान-योग के दीप जलायल।
सोनाली मीठ सुर में गावे,
सोनाक्षी योग आसन सिखावे।
पियूष बोले ज्ञान के बात,
शिवानी चमके जइसे प्रभात।
आसना ध्यान लगावे प्यारा,
अनु बनल सबके सहारा।
खुशी हँसी के फूल खिलावे,
सपना नया उजियार दिखावे।
अविनाश मेहनत से बढ़त जाए,
अलीशा सबके प्रेम सिखाए।
चंद्रा जइसे चंदा चमके,
विद्यालय के नाम दमके।
योग से तन-मन खुशहाल,
भाषा से बढ़े सबके मान।
कार्तिक कुमार गुरु कहलावें,
बच्चन के सही राह बतावें।
जिला शिक्षा पुरस्कार पवले,
विद्यालय के गौरव बढ़वले।
मध्य विद्यालय कटरमाला,
गोरौल वैशाली के उजियाला।
ज्ञान, योग अउर भाषा प्यारी,
भारत भूमि सबसे न्यारी।
संपर्क – 7004318121
ईमेल – kartikyog.kumar@gmail.com
भारतीय योग भाषा उत्सव -कार्तिक कुमार
0 Likes

