आपका ब्राउज़र Text-to-Speech सपोर्ट नहीं करता।
शीर्षक – “शिक्षा के उजियार”
पढ़ लिहऽ ए भइया, पढ़ लिहऽ ए बहिना,
शिक्षा से ही चमकेला हर घर के अंगना।
कलम के ताकत के कम मत समझिहऽ,
ज्ञान के दीया सबकरा दिल में जरइहऽ।
बेटी होखे चाहे बेटा, सबके पढ़ावे के बा,
अज्ञानता के अन्हरिया दूर भगावे के बा।
ना जात-पात के भेद, ना ऊँच-नीच के दीवार,
शिक्षा के रोशनी से बदल सकेला ईं पूरा संसार।
गाँव-गाँव में शिक्षा के अलख जगाईं,
हर बच्चा के स्कूल तक पहुँचाईं।
रचनाकार: एम० एस० हुसैन ‘कैमूरी’
शिक्षक सह युवा
उर्दू प्राथमिक विद्यालय
बहुआरा,कुदरा,कैमूर

